Tuesday, April 4, 2017

कुण्डलिया(भोजपुरी)

राम राम सगरी मित्र लोगन के!आज महेन्दर मिसिर के जयंती पर सब भोजपुरिया लोगन के सुभकामना आ बधाई।भोजपुरी के लोक कवि के सत सत नमन!एगो कुण्डलिया समर्पित बा।

बसल हिया में, कंठ में,जेकर पुरबी तान।
मिसिर महेन्दर जी हईं, भोजपुरी के प्रान।
भोजपुरी के प्रान,गीत संगीत पारखी।
सोना के गुरु श्रेष्ठ,क्रांति के सफल सारथी।
कहे मनोज सिंगार,परेम के रंग रसिया में।
बिरह बान के रंग,लोक के बसल हिया में।।

डॉ मनोज कुमार सिंह

No comments:

Post a Comment