Thursday, April 27, 2017

बाबूजी के एगो चिकन मजाक

सगरी मित्र लोगन के राम राम!आजु हमरा बाबूजी के लिखल एगो देवर भउजाई के चिकन मजाक 'बकलोल के बकवास' से हाजिर बा।

भउजी-

कहली भउजी कि ए बबुआ तहरा नीयर,
केतने गदहन के तिगनी नचा दिहनी हम।
देखि ल हमरा चप्पल के तल्ला लला,
केतने छैलन के चानुल बना दिहनी हम।

देवर-

नैन करि टेढ़ झुकि चप्पल देखवले होईबू,
बात तू कहेलू भउजी साँची साँची।
खच्चर के पोंछ नीयर जूड़ा के देखि तोहार,
गदहे नू नाची कि घोड़ा नाची।।

रचनाकार-अनिरुद्ध सिंह 'बकलोल'
ग्राम+पोस्ट- आदमपुर
थाना-रघुनाथपुर
जिला-सीवान,(बिहार)

No comments:

Post a Comment