राम राम सब मित्र लोगन के!आज अंतर्राष्ट्रीय मातृभासा दिवस ह।एह अवसर पर हमार कुछ दोहा समर्पित बा।जय भोजपुरी!जय भोजपुरिया!!
सुन्नर,मधुरी बोल आ, लेके सहज सनेस।
भोजपुरी के बेल इ,फइलल देस बिदेस।
बीस करोड़न लोग के,जीवन के रस धार।
भोजपुरी माँगत बिया,अब आपन अधिकार।।
भोजपुरियन के देखि लीं,मन के मधुर सुभाव।
रहल कबो ना आजु ले,हिन्दी से टकराव।।
भोजपुरियन से बा भरल,यूपी अउर बिहार।
उहे बनावेला सदा,दिल्ली के सरकार।।
अक्खड़पन भरपूर आ,दिल से सहज पवित्र।
स्वाभिमान भोजपुरिया,होला शुद्ध चरित्र।।
माई भासा ही असल,मनई के पहचान।
दोसर भासा ले सकी, ना ओकर स्थान।।
संस्कृति के पहचान के,सबसे सुन्नर नेग।
भासा जब साहित्य के,ओर बढ़ावे डेग।।
अपना भासा के अलग,होला कुछ जज्बात।
बड़ी आसानी से कहे,दिल के सगरी बात।।
भोजपुरी पहुँचल कबो,ना राजा दरबार।
सदा उपेक्षा ही मिलल,राजतंत्र के द्वार।।
डॉ मनोज कुमार सिंह
No comments:
Post a Comment