Tuesday, February 6, 2018

भोजपुरी दोहे मनोज के...

आज राजेंद्र बाबू के जनम दिन पर कुछ दोहा समर्पित करत बानी।उहाँ के हमार शत शत नमन बा।

राजिंदर रहीहें सदा,हमनी के अभिमान।
इनहीं से बा सब जगह, दुनिया में पहिचान।।

देशरतन एकै भइल,भारत के सरताज।
हम सीवानी लोग के,उनका पर बा नाज।।

एग्जामिनि बेटर रहे,एग्जामिनर सनेस।
गौरव करते आ रहल,जेकरा पर इ देस।।

जीरादेई ही रहल,जेकर जन्मस्थान।
मूर्ति सादगी त्याग के,राजिंदर भगवान।।

इ सच जानेला इहाँ, सगरो हिंदुस्तान।
राष्ट्रपति ना हो सकल,अइसन संत समान।।

डॉ मनोज कुमार सिंह

No comments:

Post a Comment