Friday, November 18, 2016

भोजपुरी मुक्तक

राम राम मित्रन के!बड़ा दुखद सूचना मिलल कि
अपना कोख(आरा भोजपुर) में हीं भोजपुरी उपेक्षित आ मेट जाए के कगार पर।
भोजपुरी भासा फेरु पढ़ावल जाव एकरा खातिर आन्दोलन के जरुरत बा। हमार चार लाईन भोजपुरियन खातिर-

राखी मत हथियार,लड़ाई लमहर बा।
देत रहीं कुछ धार,लड़ाई लमहर बा।
ठान लिहीं मन में कि हमरे जीत रही,
कबो ना मानी हार,लड़ाई लमहर बा।

डॉ मनोज कुमार सिंह

No comments:

Post a Comment